Header Ads Widget

Ticker

6/recent/ticker-posts

भोजपुरी हनुमान भजन Bhojpuri Hanuman Bhajan भोजपुरी हनुमान चालीसा भजन

भोजपुरी हनुमान भजन हनुमान आराधना भोजपुरी में भोजपुरी हनुमान चालीसा भजन

bhojpuri-hanuman-bhajan-shri-hanuman-chalisa-aarti-song-lyrics

भोजपुरी हनुमान भजन - बीर हनुमान के

रात दिन जपे नमवा बजरंगी श्री राम के।
जय बोला बीर हनुमान के ना।

शिव के अवतार अंजनी के लाल।
पुत्र पवन गाल हवे उनकर लाल।
आरती उतारा बीर बलवान के।
जय बोला बीर हनुमान के ना।

निगल गइले रवि फल लाल समझ के।
उठा लिहले पहाड़ हाथ पल झटक के।
केतना गाई गितिया उनके गुणगान के।
जय बोला बीर हनुमान के ना।

मारी छलांग लंका लांघी गइले।
सगरो लंका पूछी जराई दीहले।
पता लगाई सीता कइले कमवा कमाल के।
जय बोला बीर हनुमान के ना।

लेते नाम उनकर भूत प्रेत पराई जाले।
प्रकोप शनि से संकट बचाई देले।
चढ़ावा लाल लंगोट सिंदूर कृपा निधान के।
जय बोला बीर हनुमान के ना।

श्याम कुंवर भारती
बोकारो झारखंड।
Read More और पढ़ें:

एक टिप्पणी भेजें

0 टिप्पणियाँ